विकिमीडिया फाउंडेशन - विकिपीडिया
Jump to content
विकिपीडिया से
विकिमीडिया फाउंडेशन इंक.
Wikimedia Foundation, Inc.
छोट नाँव
WMF
स्थापित
जून
20, 2003
22 साल पहिले
2003-06-20
सेंट पीटर्सबर्ग, फ्लोरिडा
, अमेरिका
संस्थापक
जिम्मी वेल्स
(Jimmy Wales)
प्रकार
501(c)(3), charitable organization
टैक्स आइडी नं.
टेम्पलेट:EIN
फोकस
Free,
open-content
multilingual
wiki
-based
Internet
projects
लोकेशन
वन सैमसन स्ट्रीट
सैन फ्रांसिस्को
कैलीफोर्निया
, अमेरिका
सेवा क्षेत्र
बिस्व भर में
(कुछ इलाका सभ में प्रतिबंधित)
प्रोडक्ट
विकिपीडिया
, आ अउरी कई प्रोजेक्ट।
मेंबरhip
Board-only
CEO
Maryana Iskander
आगम
$180.2 million (2023)
$154.7 million (2022)
खरच
$169.0 million (2023)
$146.0 million (2022)
एंडाउमेंट
> $100 मिलियन (2021)
कर्मचारी
Around 700 staff/contractors (as of 2023)
वेबसाइट
wikimediafoundation
.org
foundation
.wikimedia
.org
(Governance)
विकिमीडिया फाउंडेशन
(Wikimedia Foundation, Inc. – WMF) एगो अमेरिकी गैर-लाभकारी संस्था (501(c)(3)) बाटे जौन
विकिपीडिया
आ अउरी दूसर कई परियोजना के मुफ्त में
इंटरनेट
पर उपलब्ध करावेला। एकर मुख्य दफ्तर
कैलिफोर्निया
के
सैन फ्रांसिस्को
शहर में बा। एकरा के ओहिजे एगो चैरिटेबल फाउंडेशन के रूप में रजिस्टर कइल गइल बा। ई फाउंडेशन
विकिपीडिया
के होस्ट (चलावे वाला संस्था) बा। विकिपीडिया दुनिया के आठवीं सबसे बेसी देखल जाये वाला वेबसाइट ह।
ई संस्था विकिपीडिया के अलावा 14 गो आउर भी ओपन कोलैबोरेशन प्रोजेक्ट (खुला सहयोग से चलावे वाला योजना) के होस्ट करे ला। ई सब प्रोजेक्ट्स के पीछे जे सॉफ्टवेयर बा –
मीडियाविकि
MediaWiki
), ओकरा के भी ई फाउंडेशन डेवलप करे में मदद करे ला। ई संस्था के शुरुआत 2003 में
फ्लोरिडा
के
सेंट पीटर्सबर्ग
शहर में
जिम्मी वेल्स
नाम के आदमी कइले रहलें। उ विकिपीडिया आ बाकी विकि प्रोजेक्ट सभ के चलावे खातिर ई गैर-लाभ वाला संस्था बनवले रहलें। पहिले ई प्रोजेक्ट 'बोमिस (Bomis)' नाम के एगो प्राइवेट कंपनी के जरिए चलावल जात रहल, जे जिम्मी वेल्स के खुद के कंपनी रहल।
विकिमीडिया फाउंडेशन दुनिया भर के लोगन के अलग-अलग भाषा में विकि पर आधारित सामग्री बनावे खातिर तकनीकी आ संगठनात्मक मदद दे ला। ई संस्था खुद से कोई कंटेंट ना लिखे ना एडिट करे। सारा काम वालंटियर (जइसे विकिपीडिया के एडिटर लोग) कइले रहेला। हालाँकि, ई संस्था बहुत सारा स्वयंसेवी लोग आ जुड़ल संस्था (जइसे विकिमीडिया चैप्टर, थीमैटिक ऑर्गनाइजेशन, यूजर ग्रुप आ पार्टनर) के साथ मिल के काम करे ला। फाउंडेशन के धन मुख्य रूप से पाठक आ योगदानकर्ता लोग से मिलल छोट-छोट चंदा से आवेला। ई चंदा ईमेल मुहिम आ विकिपीडिया पर लगावल सालाना फंडरेजिंग बैनर से जुटावल जाला। एकरा अलावा, कुछ ग्रांट (दान) दानदाता संस्था आ टेक कंपनी से मिलेला। 2022 से ई 'विकिमीडिया इंटरप्राइज (Wikimedia Enterprise)' नाम के सेवा के जरिए भी कुछ आमदनी कमावे लागल बा।
2023 तक, ई फाउंडेशन में 700 से जादे कर्मचारी आ कॉन्ट्रैक्ट पर काम करे वाला लोग काम करत रहल। एकरा लगे कुल $255 मिलियन के संपति (एसेट) रहल, आ एक लाख डॉलर से जादे के फंड (एंडोमेंट) जमा हो चुकल रहल।
संदर्भ
संपादन करीं
टेम्पलेट:Cite form 990
"File:Wikimedia Foundation FY2021–2022 Audit Report.pdf – Wikimedia Foundation Governance Wiki"
(PDF)
. Foundation.wikimedia.org
. Retrieved
December 4,
2022
ई ऑर्गेनाइजेशन-संबंधी लेख एगो
आधार
बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के
बढ़ावे में
विकिपीडिया के मदद करीं।
इंटरनेट
-संबंधी लेख एगो
आधार
बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के
बढ़ावे में
विकिपीडिया के मदद करीं।
" से लिहल गइल
श्रेणी
विकिपीडिया
छिपावल गइल श्रेणी सब:
सगरी आधार लेख
ऑर्गेनाइजेशन आधार
इंटरनेट आधार
विकिमीडिया फाउंडेशन
बिसय जोड़ीं